Tuesday, January 30, 2018

भूल गइल त्योहार

भूल गइल त्योहार
छूटल गांव ,भूल गइल त्योहार
ढ़ूंढ़त रहनी गांव जइसन प्यार,
छूटल गांव ,भूल गइल त्योहार।1।
चिउरा,दही,तिलवा,भुजा छूटल ,
छूट गइल सब हीत न्योतोहार ।
शहर में जहवां हम रहत बानी ,
ओहिजा बा सभी के मनमानी ।
तरस गइनी पावे खातिर प्यार ,
छूटल गांव ,भूल गइल त्योहार। 2 ।
सब शहर के बा एके कहानी ,
जहां शुद्ध नइखे हवा व पानी ।
हर दिन होते रहेला तकरार ,
छूटल गांव ,भूल गइल त्योहार।3 ।
अगल बगल के ना जाने कोई ,
मतलब के हीं वहां दोस्त होई ।
पड़ोस चिन्हें से करे इन्कार ,
छूटल गांव ,भूल गइल त्योहार। 4 ।
- भरत मिश्र प्राची, पत्रकार , जयपुर

No comments: