भोजपुरी धाम
हम केकर - केकर नाम बताई
हम केकर - केकर काम बताई
एक से बढि के एक भइल बा ,
इ भोजपुरिया परिवार में !
जेकरा करनी से चमकल बा ,
देश के माथा इ संसार में 1
आजादी के विगुल बजवले ,
पहिले मंगल पांडे भाई !
अस्सी बरस के बाबू कुंवर ,
जागल झोश जवानी आई !
दिहले अइसन उ पटकनी ,
अंग्रेजन पर आफत आइल !
भगलस रण छोड़ फ़िरंगी ,
आजादी झंडा लहराइल !
फ़िजी ,मारीशस और सूरीनाम ,
भोजपुरियन से भरल तमाम !
देश विदेश जहां भी इ गईले ,
गाड़ी के झंडा कईले नाम !
साहित्य कला संस्कृति सब में
भोजपुरियन के देंखी काम ,
विस्मिला ,महेन्द्र .भिखारी ,
चर्चित कईले भोजपुरी धाम!
जेकरा से भी भोजपुरी चर्चित ,
करत बनी हम ओके परनाम !
-भरत मिश्र प्राची