Friday, April 5, 2013

भोजपुरी धाम 
हम केकर - केकर नाम बताई 
हम केकर - केकर काम बताई 
एक से बढि के एक भइल बा ,
इ  भोजपुरिया  परिवार  में !
जेकरा करनी से चमकल बा ,
देश के माथा इ संसार  में  1 
आजादी के विगुल बजवले ,
पहिले   मंगल पांडे  भाई !
अस्सी बरस के बाबू कुंवर ,
जागल  झोश जवानी आई !
दिहले अइसन  उ पटकनी ,
अंग्रेजन पर आफत आइल !
भगलस रण  छोड़ फ़िरंगी , 
आजादी झंडा लहराइल !
फ़िजी ,मारीशस और सूरीनाम ,
भोजपुरियन से  भरल तमाम !
देश विदेश जहां भी इ गईले ,
गाड़ी  के झंडा कईले  नाम !
साहित्य कला संस्कृति सब में 
भोजपुरियन के देंखी काम ,
विस्मिला ,महेन्द्र .भिखारी ,
चर्चित  कईले भोजपुरी धाम!
जेकरा से भी भोजपुरी चर्चित ,
करत बनी हम ओके परनाम !
-भरत मिश्र प्राची  


No comments: