Saturday, January 13, 2018

सौगात !

       सौगात !
चारों ओर छाइल गहन घनेरिया ,
प्रदूषण सुरज के लीलले जात बा । 
अइसन फइलल सभी ओर अनहरिया,
आगे कुछ भी तनिको ना दिखात बा । 
पास-पास बनल जवन ऊंच अटरिया,
भोरे के धूप दूर भइल जात बा । 
धुंआ से भरि गइल अइसन नगरिया
ओ में सांस लिहल मुश्किल बुझात बा। 
अतिक्रमण से सकत भइले डगरिया ,
सब शहर के बिगड़ रहल हालात बा ।  
प्रदूषण के फइलल अइसन चदरिया ,
बीमारी के मिल रहल सौगात बा । 
         - भरत मिश्र प्राची , जयपुर 

No comments: