Wednesday, November 29, 2017

Bhojpuri geet

भोजपुरी गीत
बाति-बाति पर मति तूं खिसियां रानी ,
दूरि चल जाइब , यादि आइब रानी  
पास रहला पर इतना इठलात बाड़ू ,
बाते -बाते पर तूं खिसियात बाड़ू
कइसे निबही जिनगीं बताव रानी !
जब से अइलू तूं हमार जिनगीं में ,
तब से आइल बा बहार जिनगीं में।
उजड़ल घरवा के   तूं बसा दिहलू ,
अलग भइल परिवार के मिला दिहलू।
करनी तोहार ना  भुलाइ रानी !!
तोहरा चलते ही घर हमार बसल ,
तोहरा रहते दुःख दलिदर टकसल
तोहार करनी सब बखान करे ला ,
तोहरा के ही सभे यादि  करे ला
सभे के स्नेह कइसे भुलइबू रानी !!
-  भरत मिश्र प्राची , जयपुर


No comments: