Thursday, December 28, 2017

je par rahal guman !

भोजपुरी रचना 
जे पे रहल गुमान !
फुलवा  जइसन  देहिया के का हो गईल राम ,
सुखी गईल कांटा जइसन ,जे पे रहल गुमान ।
ना सोचनी कबो अइसन दिन आई जिनगीं में ,
उड़त रहनी ख्वाब में,ना दिहनी बिल्कुल ध्यान ।
अनाप सनाप जे भी मिलल,चुप चाप खा गइनी,
मेहनत न  कइनी , दिहनी  देहिया के आराम ।
जे भी रहल पास में , मौज - मस्ती में उड़वनी,
सोचनी ना हम, बुढ़ापा में  कइसे चली काम ।
सुखवा के दिन में ,जे साथे -साथे घुमत रहल ,
नजर अब आवत नइखन,सब भूल गईले राम।
केकरा के कहीं आपन , केकरा के कहीं गैर ,
जे भी आइल पास में हमरा ,लुटत गइल राम।
जवानी के जोश में ,सबकुछ भूलत गइनी हम ,
आगे -पीछे का होइ  , ना सोचनी कबो  राम ।
फुलवा  जइसन  देहिया के का हो गईल राम ,
सुखी गईल कांटा जइसन ,जे पे रहल गुमान ।

  •  

Wednesday, November 29, 2017

Bhojpuri geet

भोजपुरी गीत
बाति-बाति पर मति तूं खिसियां रानी ,
दूरि चल जाइब , यादि आइब रानी  ।
पास रहला पर इतना इठलात बाड़ू ,
बाते -बाते पर तूं खिसियात बाड़ू ।
कइसे निबही जिनगीं बताव रानी !
जब से अइलू तूं हमार जिनगीं में ,
तब से आइल बा बहार जिनगीं में।
उजड़ल घरवा के त  तूं बसा दिहलू ,
अलग भइल परिवार के मिला दिहलू।
इ करनी तोहार ना  भुलाइ रानी !!
तोहरा चलते ही घर हमार बसल ,
तोहरा रहते दुःख दलिदर टकसल ।
तोहार करनी सब बखान करे ला ,
तोहरा के ही सभे यादि  करे ला ।
सभे के स्नेह कइसे भुलइबू रानी !!
-  भरत मिश्र प्राची , जयपुर